चिनाब नदी

चिनाब नदी भारतपाकिस्तान में बहे वाली एगो नदी बा। ई पंजाब क्षेत्र के पाँच गो प्रमुख नदी सभ में से एक हवे। नदी हिमालय परबत से निकले ले, एकर उदगम भारतीय राज्य हिमाचल प्रदेश के लाहुल-स्पीती जिला में चंद्राभागा दू गो धारा के रूप में होला, मिले पर चंद्रभागा नाँव पड़े ला। हिमाचल प्रदेश से आगे बढ़े पर ई नद्दी जम्मू-काश्मीर राज्य के किश्तवार इलाका से होके बहे ले आ एकरे बाद पाकिस्तान में परवेश करे ले। पाकिस्तान में पंजाब प्रांत में एह नदी में दहिने से झेलम नदी आ बाएँ से रावी नदी आ के मिले लीं। अंत में ई नदी सतलज में मिल जाले आ चिनाब आ सतलज के संगम के बाद ई पंजनद कहाला जे सिंधु नदी में जा के मिले ला। सिंधु जल समझौता के शर्त के अनुसार चिनाब के पानी पर पाकिस्तान के अधिकार हवे।

चिनाब नदी
चेनाब / ਚਨਾਬ / چناب
River
Old bridge over Chenab river at Ramban, Jammu and Kashmir, भारत.
देस India, Pakistan
सहायिका
 - दहिने से Marusadar River[1]
उदगम Bara Lacha pass
 - निर्देशांक 32°38′09″N 77°28′51″E
मुहाना Confluence with Sutlej to form the Panjnad River
 - लोकेशन Bahawalpur district, Punjab, Pakistan
 - निर्देशांक 29°20′57″N 71°1′41″E
लंबाई 960 किमी (597 मील) approx.
जलनिकास for Akhnoor
 - औसत 800.6 m3/s (28,273 cu ft/s) [2]
Location of the Chenab on a map of the Indus river and its tributaries
Location of the mouth of the river on a map of Pakistan

संदर्भ

  1. "Construction of power projects over Chenab". Business Recorder (English में). 26 August 2013. पहुँचतिथी 16 मार्च 2017.
  2. ftp://daac.ornl.gov/data/rivdis/STATIONS.HTM, ORNL, Retrieved 8 Dec 2016
This article is issued from Wikipedia. The text is licensed under Creative Commons - Attribution - Sharealike. Additional terms may apply for the media files.